जेकर माई नइखे उ नू अभागा बाटे
जेकर माई नइखे उ नू अभागा बाटे , माई के डांटवा से बड़कर कौनो पढाई नइखे , माई के दुलारवा जइसन कौनो गरमाई नइखे , माई के अकवारी जइसन हौसला - अफजाई नइखे , आज जब माई नइखे ई क्षति के भरपाई नइखे , जेकर माई नइखे उ नू अभागा बाटे । माई के आचरा जइसन कौनो तोसक - रजाई नईखे , माई के गोदवा जइसन कौनो दौलत कमाई नइखे , माई के दूधवा जइसन कौनो खोवा - मलाई नइखे , जेकर माई नइखे उ नू अभागा बाटे। माई के नाही रहले मनवा मुरझाई गईले , सब कुछ के रहते मनवा कूखताई गईले , केकरा के बताई कि हम अब काहे ना रोयेनी , आँशुवा पोछे वाला लोगवे भुलाई गईले , माई के साथे सब ख़ुशी बिलाई गईले , दुनिया के सब ख़ुशी माई के साथे ओराइ गईले , जिए तानी काहे साँस के उधारी बा , ना त जीए के आशारा खुद भगवानने बुझाई गईले