Posts

Showing posts from August, 2017
सैनिकों के शहादत बेकार ना होइ , ई गाल कबतक बाजायेम रउरा ? मेहरारूआ जवन चूड़ी भेजले रहे प्रधानमंत्री के , पूछी ओकरा से कि साडी भेजब का ई बार रउरा ? पुछला पर लोगवा खिसिया जा ता ये बार , सैनिक का मुर्गा हवे कि हलाल करेब रउरा ? छपन इंच के छाती फुला के पहलवान बनत बानी , लोगवा कहत  बा मऊगन के सरदार बानी रउरा । कब तक शेर के खाल ओड़ के रहब ई गर्मी में , कही त बता दी सबके कि रंगल सियार हई रउरा । तीन साल से प्रचारमंत्री बनल बानी रउरा , लोग पूछत बा असली प्रधानमंत्री के नाम बताई रउरा । Copyright@Sankalp Mishra