जेकर माई नइखे उ नू अभागा बाटे
जेकर माई नइखे उ नू अभागा बाटे ,
माई के डांटवा से बड़कर कौनो पढाई नइखे ,
माई के दुलारवा जइसन कौनो गरमाई नइखे ,
माई के अकवारी जइसन हौसला -अफजाई नइखे ,
आज जब माई नइखे ई क्षति के भरपाई नइखे ,
जेकर माई नइखे उ नू अभागा बाटे ।
माई के आचरा जइसन कौनो तोसक -रजाई नईखे ,
माई के गोदवा जइसन कौनो दौलत कमाई नइखे ,
माई के दूधवा जइसन कौनो खोवा -मलाई नइखे ,
जेकर माई नइखे उ नू अभागा बाटे।
माई के नाही रहले मनवा मुरझाई गईले ,
सब कुछ के रहते मनवा कूखताई गईले ,
केकरा के बताई कि हम अब काहे ना रोयेनी ,
आँशुवा पोछे वाला लोगवे भुलाई गईले ,
माई के साथे सब ख़ुशी बिलाई गईले ,
दुनिया के सब ख़ुशी माई के साथे ओराइ गईले ,
जिए तानी काहे साँस के उधारी बा ,
ना त जीए के आशारा खुद भगवानने बुझाई गईले
Comments
Post a Comment