फागुन के कइके करार बलमुआ ना आओ
फागुन के कइके करार बलमुआ ना आओ ,
ना आओ हो .....ना आओ ,
फागुन के कइके करार बलमुआ ना आओ,
कहले रहले की लालका पोतम ,
अरे नाहि लगइले गुलाल ,
बलमुआ ना आओ .......ना आओ ....हो ना आओ
फागुन के कइके करार बलमुआ ना आओ ,
ना आओ हो .....ना आओ।
कहले रहले की दिल में बसाईब,दिलवा भइल उदास ,
बलमुआ ना आओ .......ना आओ ....हो ना आओ ,
फागुन में कईसे कटी अब रतिया ,
बिछौना भइल दिल काल ,
बलमुआ ना आओ .......ना आओ ....हो ना आओ ,
फागुन के कइके करार बलमुआ ना आओ।
Comments
Post a Comment